Bhojpuria Film News - Bhojpuri Film Samachaar

Bhojpuria Film News - Bhojpuri Film Samachaar

KUNDAN KUMAR    (SINGER & ACTOR)

हमरा खातिर त जनते जनार्दन बिया, कहलें निरहुआ.............

Nirahuaबितला साल २००९ में दिनेशलाल यादव निरहुआ जवन सफलता कमइलें ऊ भुलाये जोग नइखे. निरहुआ के छक्का आजु ले कान में गूंज रहल बा आ भोजपुरिया दर्शक मैदाने मूवी पर निरहुआ..., निरहुआ... के नारा लगा रहल बाड़े. साँचहू दिनेशलाल यादव आपन सिक्का अतना जमा लिहले बाड़े कि देखे वाला टस से मस नइखन होत. भोजपुरिया दर्शकन के ऊ आज पहिला पसन्द बन गइल बाड़े.

प्रतिज्ञा, दिवाना, हो गइनी दिवाना तोहरा प्यार में, चलनी के चालल दुलहा, प्रेम के रोग भइल, आ परिवार जइसन फिलिम निरहुआ के साम्राज्य पसारत चल गइली सँ आ आजु कईएक मामिला में निरहुआ दोसरा से आगा निकल चुकल बाड़े. भोजपुरी के ले के, भोजपुरी के रस्ते, आ भोजपुरी का वास्ते निरहुआ दक्षिण का फिल्म उद्योग में घुसे वाला पहिला भोजपुरी अभिनेता बन गइल बाड़न. मूवी मुगल डी रामानायडू त दिनेश के दिवाना हो गइल बाड़े. एह साल का योजना का बारे में निरहुआ से भइल बातचीत के कुछ हिस्सा एहिजा दिहल जा रहल बा

२००९ में त रउरा नम्बर वन रहबे कइनी, एह साल के धमाका का होखी ?

जवना बात के परिणाम रउरा हाथ में ना होखे ओकरा बारे में बस अन्दजे लगावल जा सकेला. हमार सारा कमाल त जनता जनार्दन का हाथ में बा. उठा लिहलस त आसमान चढ़ गइनी, फेंक दिहलसि त पताले चल गइनी. एह मामिला में हम कुछ अधिका खुशनसीब जरुर बानी. एह साल के शुरुआत होखी बी॰ओबुलरेड्डी के फिल्म निरहुआ नम्बर १ से जवना में हमार अन्दाज कुछ अलगे देखे क मिली. एहमें हम पण्डित आ डॉन का भूमिका में बानी. नायिका बाड़ी पाखी हेगडे. एकरा बाद आई तीन गो बिग बजट फिलिम. ओहु तीनो में हमार आ पाखी जी के जोड़ी बा. फिलिम हईं सँ राजकुमार आर पाण्डेय के सात सहेलियाँ, डी रामानयडू के शिवा, आ अभय सिन्हा के करण अर्जुन. सात सहेलियाँ के किसना के सात गो नायिका बाड़ी सँ. ई एगो अद्भुत फिलिम होखी जवना के राजजी बहुते बढ़िया से निर्देशित कइले बानी.

डी रामानायडू के शिवा के चर्चा त शुरुवे से हो रहल बा. कुछ ओकरा बारे में ?

डी रामानायडू का शिवा में हम टाइटल भूमिका में बानी. एहमें हमार एक्शन के कमाल देखे के मिली. निर्देशन जी सुब्बाराव कइले बाड़े आ शूटिंग हैदराबाद आ दक्षिण भारत के कई गो मनोरम जगहन पर भइल बा. एह फिलिम से हमरा बहुते उमेद बा.

कतना फिलिम हो गइली सँ राउर ?

अबही ले २२ गो फिलिम रिलीज भइल बाड़ी सँ जवना में १८ गो हिट रहल. छह गो त रिकार्ड सफलता पवली सँ.

गंगा जमुना सरस्वती में पहिला बेर रविकिशन, मनोज तिवारी, आ रउरा के देखे के मिली. ओकरा बारे में ?

गंगा जमुना सरस्वती में पहिला बेर रवि भईया, मनोज भईया, हम एक साथे काम कर रहल बानी जा. भोजपुरी के ई अबले के सबले बड़हन फिलिम होखी. आलोक कुमार के बनावल आ हैरी फर्नाण्डिज के निर्देशित एह फिलिम में हम सरस्वती का भूमिका में बानी जे एगो अनाथ लड़िका ह. अबही बस अतने बतावल जा सकेले.

एकरा अलावे कुछ अउरी बा ?

बा नू. रमाकांत प्रसाद के दाग, जवना के शूटिंग फरवरी में शुरु होखे वाला बा. प्रवेश सिप्पी के मृत्युञ्जय, संजय सिन्हा के लोफर, असलम शेख के रखवाला, आ अभय सिन्हा के रणभूमि.

मतलब कि फेर छक्का लगावे के बा ?

सब रउरा लोगन के प्यार ह, ना त निमन निमन तीसमार खाँ लोग एलबी डब्ल्यू हो के पैवेलियन लवटि जाला. फेर कहेम कि हमरा खातिर जनते जनार्दन हियऽ.


Comment

You need to be a member of Bhojpuria Film News - Bhojpuri Film Samachaar to add comments!

Join Bhojpuria Film News - Bhojpuri Film Samachaar

Interviews

ये फिल्में मेरी ड्रीम प्रोजेक्ट हैं-रिंकू घोश

`बिदाई´ फिल्म से अपनी एक अलग पहचान बना चुकी नायिका रिंकू घोश का इस साल भी सिनेमाई पर्दे पर दबदबा रहेगा। उनकी चार फिल्में `तू ही मोर बालमा´, `गठबंधन प्यार के´, `मृत्युंजय´ और `लाल लुग्गा´ हॉट केक बनी हैं। `तू ही मोर बालमा´... read more

दर्शको को भी बदलाव चाहिए-संजय पाण्डेय

संजय पाण्डेय सिल्वर स्क्रीन के उस खलनायक का नाम है जिसके `आयडियल´ हैं प्राण और पर्दे पर संजय पाण्डेय का खल किरदार दर्शको के रोंगटे खड़ा कर देता है ज़ाहिर है एक खलनायक की ये सबसे बड़ी उपलब्धि होती है। संजय पाण्डेय ने `घर द्वार´, `हम बाल ब्रह्मचारी तू कन्या कुंआरी´, `गब्बर सिंह´, `बृजवा´ और `दिवाना´ सहित कुल 18 फिल्मों में खलनाय.. read more

आज भी संगीत मेरा पहला प्यार है : पवन सिंह

भोजपुरी सिनेमा जगत के नए सुपर स्टार हैं, पवन सिंह। पवन सिंह मूलत: आरा (बिहार) के रहने वाले हैं। पवन ने अपने फिल्मी कैरियर की शुरूआत ``रंगली चुनरिया तोहरे नाम से´´ ..read more

जीतेश दुबे और मनोज तिवारी का `यादव पान भण्डार

भोजपुरी सिनेमा के दो दिग्गज़ों का गठजोड़ हुआ है। जी हां, भोजपुरी के नंबर वन निर्माता जीतेश दुबे और मेगा स्टार मनोज तिवारी पहली बार एक साथ जुड़े हैं फिल्म `यादव पान भण्डार´ के लिए। इस फिल्म में मनोज तिवारी पान बेचनेवाले.........read more


``डांस संग्राम´´ में विद्या बालन का भोजपुरिया अन्दाज

भोजपुरिया दशZकों का अपना पसन्दीदा चैनल ``महुआ´´ अब बॉलीवुड के कलाकारों को भी भोजपुरिया रंग में रंगने लगा है। और इसी क्रम में ``महुआ´´ पर प्रसारित होनेवाले लोकिप्रय रियलिटी शो ``डांस संग्राम´´ के मंच पर भोजपुरिया अन्दाज में दिखेंगी अदाकारा विद्या बालन। विद्या ने ``डांस संग्राम´´ के मंच पर.. read more


NIRAHUWA CREATES JAADU ON SMALL SCREEN


Bhojpuri superstar Dinesh lal yadav ''nirahuwa'' has created jaadu on small now.His reality show '' DANCE SANGRAM'' which he anchored has got tremendous response from the audience in his first week.Telecasted on First bhojpuri entertainment chanjnel '' MAHUAA'' this show has make presence in TRP rating and got opening TRP of 2.00 % which is superb.The audience are liking nirahuwa's anchoring style & his attidue.

Photos

Loading…

© 2010   Created by Alok Singh.   Powered by .

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service