पिछला दिने कमालिस्तान स्टूडियो के पार्क पूरा सजल रहुवे. चारो ओर फूल के पौधा आ माला आपन खूबसूरती बिखेरत रहे. एही बीचे भोजपुरिया सुपरस्टार पवन सिंह हॉट अदाकारा मेघा घोष के बाँहि मे भरले गुनगुनात रहलें, गोरे गोरे देहिया पे धानी रे चुनरिया, हमरो जान मारऽता .... अदाकारा आपन चुनरी लहरावत आगा बढ़त बाड़ी आ डाँस डायरेक्टर कानु मुखर्जी कट के आवाज लगावत बाड़े. मानिटर पर बइठल युवा निर्देशक प्रमांशु सिंह शॉट ओके बता देत बाड़े. ओकरा बाद हम निर्देशक से मुखातिब होत बानी जे हमरा के बतावत बाड़े कि एहिजा संयोगिता फिल्म्स के बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम भईया के साली ओढ़नियावाली के शूटिंग चलत रहल हा. एह सामाजिक पारिवारिक रोमांटिक फिल्म के निर्माता आलोक कुमार हउवें. फिलिम में बतावल गइल बा कि जोड़ी उपरे से तय होके आवेला आ उहे रउरा मिली.फिल्म के नायक पवन सिंह कहत बाड़े कि ई फिलिम कमाल के बनत बिया जवना में हर तरह के मसाला सही अनुपात में डालल बा. अपना किरदार का बारे में बतावत पवन सिंह कहलें कि ऊ एगो कालेजिया स्टूडेण्ट के भूमिका में बारे जे कॉलेजे के एगो लड़की से प्यार करत बा. कॉलेज का बाद जब अलगा अलगा होत बा लोग ओकरे बाद के कहानी देखावल गइल बा एह फिल्म में. कहलन कि एहमें उनकर रोमांटिक लुक का साथे साथ एक्शनो देखे के मिली. इहे कहानी बतावत अदाकारा मेगा घोष कहली कि एह रोमांटिक फिलिम के देख सभका दिल में रोमांस पनप जाई.
बकौल निर्माता आलोक कुमार रोमांस, इमोशन, आ एक्शन के तिकड़ी वाली एह फिल्म के गीत प्यारे लाल यादव आ अशोक दीप के लिखल ह आ संगीतो अशोके दीप दिहले बाड़ें. फाइट मास्टर हउवें आर पी यादव आ छायाकार हीरा सरोज.
Tags:



© 2010 Created by Alok Singh.
Powered by
.
You need to be a member of Bhojpuria Film News - Bhojpuri Film Samachaar to add comments!
Join Bhojpuria Film News - Bhojpuri Film Samachaar